चईत नवरातर क नव दिन ( प्रतियोगिता हेतु)12-Apr-2024
चईत नवरातर क नव दिन प्रतियोगिता हेतु
चईत मास अब आ गइलें रामा जिया हुलसाला जिया हुलसाला बड़ा ही मन भाला धरती पे ख़ुशी बिखरा गइले रामा जिया हुलसाला।
पहिला ही दिने शैलपुत्री देवी अईली, बैल असवारी करत माई अईली सुंदर रूपवा बना गईली रामा जिया हुलसाला। चईत मास अब आ गइलें रामा जिया हुलसाला
दूसरा ही दिने ब्रह्मचारिणी देवी अईली ब्रह्म क आचरण सबके सिखवली जगवा में ख़ुशी बिखरा गईली रामा जिया हुलसाला। चईत मास अब आ गइलें रामा जिया हुलसाला।
तीसरा ही दिने चंद्रघंटा माता अईली निर्बल के बलवा ई माई देई गईली शत्रु पर विजय करा दिहली रामा जिया हुलसाला। चईत मास अब आ गइलें रामा जिया हुलसाला।
चउथा ही दिने कुष्मांडा माता अइली मंद हंँसी से इ अंड उपजवली जग से अन्हरवा भगा गईली रामा जिया हुलसाला। चईत मास अब आ गइलें रामा जिया हुलसाला।
पाचवाँ ही दिने स्कंदमाता अइली भगवान स्कंद क ई माई माई कहइली पद्मासना देवी संघवा कहा गईली रामा जिया हुलसाला। चईत मास अब आ गइलें रामा जिया हुलसाला।
छठवाँ ही दिने कात्यायनी माई अइली मुनि कात्यायन क पुत्री कहइली अमोघफलदायिनी कहा गईली रामा जिया हुलसाला। चईत मास अब आ गइलें रामा जिया हुलसाला।
सतवाँ ही दिने कालरात्रि देवी अइली शुभ फल देके इ शुभंकरी कहईली दुष्ट दलन, बाधा नाश कइली रामा जिया हुलसाला। चईत मास अब आ गइलें रामा जिया हुलसाला
अठवांँ ही दिने महागौरी देवी अइली भक्तन क सगरों इ कल्मष धुलइली शिव क अर्धांगिनी कहा गईली रामा जिया हुलसाला। चईत मास अब आ गईलें रामा जिया हुलसाला
नऊवाँ ही दिने सिद्धिदात्री देवी अइईली ऋद्धि-सिद्धि सगरो भगत जन के दीहली सृष्टि ही गम्य करा गईली रामा जिया हुलसाला। चईत मास अब आ गईलें रामा जिया हुलसाला
साधना शाही, वाराणसी
Mohammed urooj khan
17-Apr-2024 11:44 AM
👌🏾👌🏾👌🏾👌🏾👌🏾
Reply
kashish
12-Apr-2024 09:12 PM
V nice
Reply
Varsha_Upadhyay
12-Apr-2024 06:07 PM
Nice
Reply